भारत की नदिन के लिस्ट
विकिमीडिया लिस्ट लेख / From Wikipedia, the free encyclopedia
नद्दी चाहे नदी, एगो प्राकृतिक धारा होले जेवना में मीठ पानी ढाल की अनुसार बहेला आ समुंद्र ले पहुँचले क कोशिश करेला जहाँ समुंद्र ले न पहुँच पावेला तहां कौनों झील में मिल जाला या फिन रेगिस्तान में धीरे-धीरे बिलुप्त हो जाला।
कौनों नदी में अगर दूसर नदी आ के मिलेले त ओह छोटकी नद्दी के सहायक नदी कहल जाला आ जेवना बड़की में ऊ मिलेले ओके मुख्य नदी एही तरीके से कौनों इलाका में नदिन क पुरा जाल फइलल रहेला।
ए पन्ना पर भारत की नदिन क एगो लिस्ट बनावल गइल बाटे जेवन सहायक नादिन की मिलला की तरीका की अनुसार बाटे। लिस्ट में मुहाना से उत्पत्ति स्थान या उद्गम की ओर की क्रम से नाँव लिखल जात बा। मने कि एह लिस्ट में कौनों मुख्य नदी की हेडिंग में जेतने नीचे नाँव होई ऊ नदी ओतने ऊपर की ओर मुख्य नदी में मिलत होई।
भारत का नद्दी कुल या त बंगाल क खाड़ी में गिरे लीं या पच्छिम की ओर अरब सागर में। एही से भूगोलीय रू से भी ई लिस्ट बंगाल की खाड़ी में गिरे वाली नदीन में उत्तर से दक्खिन ओर आ अरब सागर में गिरे वाली नादिन में दक्खिन से उत्तर ओर कि क्रम से बनावल जात बा। मने एगो माला नियर चलल जात बा- बंगाल से उड़ीसा, आंध्र, तमिलनाडु होत कन्याकुमारी ले आ फिर पच्छिमी तट की सहारे उत्तर मुहें केरल, गोवा महाराष्ट्र होत गुजरात ले।
भारत क बड़हन नद्दी हईं:
- बंगाल की खाड़ी में गिरे वाली: ब्रह्मपुत्र, गंगा (सहायक नदी कुल: रामगंगा, सरजू, गोमती, यमुना, चंबल, बेतवा, केन, सिंध, टोंस, घाघरा, गंडक, बूढ़ी गंडक, कोसी, महानंदा, तमसा, सोन, पुनपुन), मेघना), महानदी, गोदावरी, कृष्णा, कावेरी (आ इन्हन क सहायक नदी)
- अरब सागर में गिरे वाली: सिन्धु, नर्मदा, ताप्ती (आ सहायक नदी)
बाकी बचल नदिन में:
- जमीन भीतरे सूख जाए वाली
- समुंद्र तटीय छोटहन नदी कुल