बॉक्स ऑफिस
जहाँ कौनों आयोजन खातिर टिकट बेचल जालें / From Wikipedia, the free encyclopedia
बॉक्स ऑफिस (अंग्रेजी: box office) भा टिकट ऑफिस अइसन जगह होला जहाँ कवनो आयोजन में प्रवेश खातिर टिकट जनता के बेचल जाला।[1] संरक्षक लोग ई लेनदेन काउंटरटॉप पर, देवाल भा खिड़की के छेद से, भा विकेट पर कर सके ला। एगो दुसरे अरथ भा सेंस में एह शब्द के अक्सर इस्तेमाल खासतौर पर फिलिम इंडस्ट्री के संदर्भ में कौनों खास प्रोडक्शन, जइसे कि फिलिम भा थिएटर शो, के बिजनेस के कुल मात्रा के मेटोनिम (नाँव) के रूप में कइल जाला, उदाहरण खातिर कौनों फिलिम केतना कमाई कइलस, ऊ ओकर बॉक्स ऑफिस परफार्मेंस कहाई । एह शब्द के इस्तेमाल कवनो अखाड़ा (एरीना) भा स्टेडियम में मौजूद टिकट आफिस खातिर भी कइल जाला।