पंजाब, पाकिस्तान
पाकिस्तान के प्रांत / From Wikipedia, the free encyclopedia
पंजाब पाकिस्तान के पाँच गो प्रांत में से एगो प्रांत बा। रकबा के हिसाब से पाकिस्तान के ई दुसरा सभसे बड़हन प्रांत बा। एकर राजधानी लाहौर हवे आ ई पाकिस्तान के प्रांत सभ में सभसे पूरबी प्रांत हवे। एकरे पूरुब में भारत के जम्मू-काश्मीर, पंजाब, आ राजस्थान राज्य से एकर बाडर बने ला। इस्लामाबाद राजधानी क्षेत्र पूरा तरीका से एह राज्य के सीमा के भीतर एन्क्लेव के रूप बा। उत्तर में एकर सीमा आजाद कश्मीर, फ्रंटियर प्रांत आ दक्खिन पच्छिम में सिंध आ बलूचिस्तान प्रांत से बने ला।
Quick Facts पंजाब پنجاب, देस ...
पंजाब
پنجاب | |||
---|---|---|---|
प्रांत | |||
Coordinates: 31°N 72°E / 31; 72 | |||
देस | पाकिस्तान | ||
राजधानी | लाहौर | ||
Area | |||
• Total | 205,344 किमी2 (79,284 बर्ग मील) | ||
Population (2017) | |||
• Total | 110,012,442[1] | ||
नेशनल असेंबली सीट | 183 | ||
प्रांतीय असेंबली | 371[2] | ||
डिवीजन | 10 | ||
जिला | 36 | ||
तहसील | 146 | ||
यूनियन काउंसिल | 7602 | ||
Website | www |
Close
इतिहासी रूप से ई आ भारत के पंजाब राज्य मिल के अबिभाजित पंजाब रहलें।