दिल्ली में हवा प्रदूषण
हवा के क्वालिटी के समस्या जे दिल्ली में बाटे / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत के राष्ट्रिय राजधानी इलाका दिल्ली (एनसीआर) में हवा के गुणवत्ता, WHO के कइल गइल 1,650 बिस्व शहर सभ के सर्वे आ अगस्त 2022 में अमेरिका के हेल्थ इफेक्ट्स इंस्टीट्यूट द्वारा 7,000 बिस्व शहर सभ के सर्वे के मोताबिक दुनिया के मुख्य-मुख्य शहर सभ में सभकरा से खराब बाटे। एकर असर दिल्ली के आसपास के जिला सभ में भी पड़े ला। भारत में हवा प्रदूषण से हर साल लगभग 20 लाख लोग के मौत होखे के अनुमान लगावल जाला; ई हवा प्रदूषण भारत के पाँचवाँ सबसे बड़ हत्यारा ह। डब्ल्यूएचओ के मुताबिक, भारत में पुरान साँस संबंधी बेमारी आ दमा (अस्थमा) से मौत के दर दुनिया में सबसे जादे बाटे। दिल्ली में खराब क्वालिटी के हवा 22 लाख, मने कि लड़िकन-बच्चन के 50 प्रतिशत के फेफड़ा के ना वापस सुधार होखे रूप से नोकसान पहुँचावेला।
दिल्ली के हवा के गुणवत्ता सूचकांक आमतौर पर मार्च से सितंबर के बीच नीक (0–50), संतोषजनक (51–100), आ मध्यम (101–200) स्तर पर होला आ फिर ई बहुत बिगड़ के खाराब (201–300), गंभीर हो जाला (301–400), या अक्टूबर से फरवरी के दौरान खतरनाक (401–500+) के स्तर विजयदशमी के दौरान मूर्ति सभ के जरावल, दिवाली के दौरान पटाखा फटले, ठूंठ डाँठ जरावल, सड़क के धूल-धक्कड़, गाड़ी सभ के प्रदूषण आ ठंडा मौसम समेत बिबिध कारक सभ के कारण होला।
2023 में एकरे लगातार खराब होखला के रपट बाटे।[2]