डोमिनिकन रिपब्लिक
From Wikipedia, the free encyclopedia
डोमिनिकन रिपब्लिक कैरेबियन सागर के ग्रेटर एंटीलीज दीप समूह में मौजूद हिस्पानोला दीप पर पूरबी हिस्सा में आबाद देस बा। एकरे पच्छिमी ओर एही दीप पर हैती देस हवे। कैरेबियाई देस सभ में ई देस क्यूबा के बाद दुसरा सभसे बड़हन देस बाटे आ एकर एरिया 48,445 वर्ग किलोमीटर बा। जनसंख्या के हिसाब से कैरेबियाई इलाका में ई तिसरा सभसे बड़ देस हवे जेकर जनसंख्या लगभग 10 मिलियन (1 करोड़) बा। एह देस के राजधानी सैंटो डोमिंगो हवे आ इहे सभसे बड़ शहर भी हऽ।
Quick Facts डोमिनिकन रिपब्लिक República Dominicana (स्पैनिश), राजधानी आ सभसे बड़ शहर ...
डोमिनिकन रिपब्लिक | |
---|---|
राजधानी आ सभसे बड़ शहर | सैंटो डोमिंगो 19°00′N 70°40′W |
ऑफिशियल भाषा | डोमिनिकन स्पेनी |
रकबा | |
• कुल | 48,315 किमी2 (18,655 वर्ग मील) (128वाँ) |
• जल (%) | 0.7 |
जनसंख्या | |
• 2017 अनुमान | 10,800,857[1] (86वाँ) |
• 2010 जनगणना | 9,478,612[2] |
• Density | 224/किमी2 (580.2/वर्ग मील) (65वाँ) |
टाइम जोन | Standard Time Caribbean (यूटीसी – 4:00) |
ISO 3166 कोड | DO |
Close
कोलंबस अपना समुंदरी जतरा में एह दीप पर 5 दिसंबर 1492 के चहुँपल रहलें।