ज्ञानकोश
एक किसिम के रिफरेंस काम / From Wikipedia, the free encyclopedia
ज्ञानकोश भा एन्साइक्लोपीडिया संदर्भ देवे/खोजे में इस्तमाल होखे वाला रचना हवे जेह में तथ्यात्मक जानकारी के एकट्ठा क के लेख के रूप में प्रस्तुत कइल गइल होला। ई दुनिया के हर तरह के ज्ञान से संबंधित बिसय सभ पर भी हो सके ला आ कौनों खास अध्ययन बिसय के ऊपर भी, जइसे भूगोल के ज्ञानकोश में खाली भूगोल से संबंधित बिसय पर तथ्यात्मक लेख मौजूद होखीहें। ई किताब भा कई खंड में किताबन के संकलन के रूप में हो सके ला - जइसे ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया के छपल संस्करण, सीडी में आवे वाला हो सकेला - जइसे एन्कार्टा, या फिर इंटरनेट आधारित ऑनलाइन संस्करण हो सकेला - जइसे कि विकिपीडिया।
संछेप में, ज्ञानकोश मानवीय ज्ञान से सगरी शाखा पर या कौनों एक ठो शाखा से जानकारी के सारगर्भित संकलन से बनल एक ठो संदर्भ रचना होला।[1] आमतौर पर एह में लेख (या एंट्री) सभ अच्छर क्रम से सजावल गइल होलें।[2]
हर टॉपिक डिक्शनरी के परिभाषा से पर्याप्त बड़ होला, काहें कि डिक्शनरी (शब्दकोश) में शब्दन के भाषाई अरथ आ इस्तमाल समझावल गइल होला, जबकि ज्ञानकोश के एंट्री तथ्यात्मक जानकारी देवे खातिर होला।[3][4][5][6]