कोसल
From Wikipedia, the free encyclopedia
कोसल [[कोशल]] राज्य प्राचीन काल में भारत की उत्तरी भाग में एगो राज्य रहे जेवना क बिस्तार लगभग-लगभग ओही इलाका पर रहे जहाँ आज उत्तर प्रदेश प्रदेश बाटे। वर्तमान उत्तर प्रदेश से सटल बिहार क कुछ हिस्सा भी एही राज्य में रहे जइसे कि आज जवन इलाका छपरा आ सिवान की आस पास बा। तराई वाला इलाका में नेपाल का भी कुछ हिस्सा एही राज्य में रहे। एकर उद्भव बाद की वैदिक काल में एगो छोट राज्य की रूप में भइल रहे। गौतम बुद्ध की समय में कोसल क राजा प्रसेनजित रहलें। बौद्ध ग्रन्थ अंगुत्तर निकाय की हिसाब से ओ समय ई भारत की सोलह महाजनपद में से एगो रहे। काशी आ मगध दूनो से ए राज्य क संबंध अच्छा रहे। बाद में प्रसेनजित की मरला कि बाद ई राज्य धीरे धीरे कमजोर होत गइल आ मगध राज्य मजबूत हो के एकरी इलाका पर अधिकार कइ लिहलस।