कैश (कंप्यूटिंग)
From Wikipedia, the free encyclopedia
कंप्यूटिंग के क्षेत्र में कैश (cache /ˈkæʃ/),[1] एगो हार्डवेयर भा सॉफ्टवेयर अंग होला जे डेटा के सहेजे ला जवना से कि भबिस्य के अनुरोध के जुरते पूरा कइल जा सके। कैश में सहेजल डेटा कवनो पहिले भइल गणना के परिणाम हो सके ला, या फिर कहीं दुसरा जगह सहेज के रखल डेटा के डुप्लीकेट हो सके ला। जब अनुरोध कइल गइल डेटा कैश में मिल जाला तब एकरा के कैश हिट भइल कहल जाला। कैश हिट होखे पर अनुरोध खातिर जरूरी डेटा तुरंते कैश से उपलब्ध हो जाला आ रीड क लिहल जाला, अगर कवनो डेटा अनुरोध खातिर कैश हिट न होखे, यानि कैश में ऊ डेटा न मिले तब या त ओकर गणना दोबारा करे के परे ला या फिर कवनों दुसरा स्रोत से रीड करे के पड़े ला जे धीमे हो सके ला; एही कारन, जेतना ढेर अनुरोध कैश से पूरा हो जाय, सिस्टम ओतने तेज काम करे ला।