कैथेड्रल
From Wikipedia, the free encyclopedia
कैथेड्रल अइसन ईसाई चर्च होला जहाँ बिशप के गद्दी होखे। एह तरीका से ई अपने इलाका के प्रमुख चर्च होला। बिशप के सीट होखे के कारण ई इलाका के डायसिस भा कांफ्रेंस के केंद्रीय अस्थान होला।
अंग्रेजी में, नया टेस्टामेंट में आइल बिशप शब्द यूनानी भाषा के एपिस्कोपोस (ἐπίσκοπος) के अनुवाद हवे, जेकर अर्थ ओभरसियर, ओभरसाइटर भा रखवाला या देखभाल करे वाला होला। एक तरह से ई चर्च के अधिकारी होला जेकरे अंडर में आसपास के कई देहाती भा छोट चर्च सभ आवे लें। एही कारण कैथेड्रल के महत्व एगो अधिकार के अस्थान के रूप में हवे, एकर बिल्डिंग के बहुत बिसाल या बहुत साज-बाज वाला होखल जरूरी नइखे, हालाँकि ज्यादातर कैथेड्रल सभ के बिल्डिंग बहुत भव्य आर्किटेक्चर वाली होखे ले।
ई धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |