कुतुब मीनार
भारत के राजधानी दिल्ली में एगो मीनार / From Wikipedia, the free encyclopedia
क़ुतुब मीनार भारत के राजधानी दिल्ली में एगो इतिहासी बिल्डिंग बाटे। ई यूनेस्को द्वारा बिस्व धरोहर स्थल के दर्जा वाली बिल्डिंग बा। कुताब मीनार, एगो मीनार हवे आ ई एगो लोहा के बनल "विक्ट्री टावर" (बिजय स्तंभ) के साथे कुतुब परिसर के हिस्सा हवे जे दिल्ली के सभसे पुरान किलेबंदी वाला शहर लाल कोट के जगह पर पड़े ला जेकर स्थापना तोमर राजपूत लोग कइले रहल।[3] ई भारत के दक्खिन दिल्ली के मेहरौली इलाका में यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल बाटे।[4][5] ई शहर के सभसे ढेर घूमे वाला पर्यटन स्थल सभ में से एक हवे, एकर ज्यादातर हिस्सा 1199 से 1220 के बीच बनल।[6][7][4]
Qutb Minar | |
---|---|
अक्षांस-देसांतर | |
ऊँचाई | 72.5 मीटर (238 फीट) |
आर्किटेक्चर इस्टाइल | Islamic Architecture |
प्रकार | Cultural |
पैमाना | 4 |
शामिल | 1993 (17th session) |
संदर्भ नं. | 233 |
Country | भारत |
Continent | Asia |
Construction | Started in 1199 by Qutb-ud-din Aibak / completed in ~ 1220 by his son-in-law Iltutmish[1][2] |
एकर तुलना अफगानिस्तान के 62 मीटर के ऑल-ब्रिक (पूरा ईंटा से बनल) मीनार ऑफ जाम से कइल जा सकेला, जवन लगभग 1190 में बनल, जेकर निर्माण क़ुतुब के संभावित सुरुआत से एक दशक पहिले भइल।[8] दुनों के सतह सभ के शिलालेख आ ज्यामितीय पैटर्न से बिस्तार से सजावल गइल बा। कुतुब मीनार में एगो फोंफर शाफ्ट बाटे जे हर स्टेज के ऊपरी हिस्सा में "बालकनी सभ के नीचे शानदार स्टेलेक्टाइट ब्रैकेटिंग" के साथे खुलता बाटे।[9][10][11] आमतौर पर भारत में मीनार सभ के इस्तेमाल इतिहास में धीमा रहल बाटे आ अइसन मीनार अक्सर मुख्य मस्जिद से अलगा मौजूद बाड़ें।[12]